धोती कुर्ता गम्छा बा
परिधान हमनी के
मधेशी बानी इहे बा
पहिचान हमनी के
फगुआ चैती बिरहा कजरी
खुब गावल जाला
आपन सँस्कृति पर बा
अभिमान हमनी के
भाषा जातपर काहे
अभीयो ओझराएल बानी
मिलजुलके रहीँ बा
अरमान हमनी के
बदलाव बहुत भईल
राजनीतिमें लेकिन
जईसन के तईसने बा
किसान हमनी के
सबे कोई मिलके आपन
माटीके करज चुकाईँ
देखीँ केतना उदास बा
गाँव दलान हमनी के
धोती कुर्ता गम्छा बा
परिधान हमनी के
मधेशी बानी इहे बा
पहिचान हमनी के
प्रतिक्रिया